शनिवार, 24 फ़रवरी 2018

होली गीत
फगुनवा में हो फगुनवा में
मन भइले रसिया फगुनवा में.

अाम के डाढ़ी मोजरवा से झूमे
बाग-बगइचा के पछुआ चूमे
जऊआ के बलिया भी झूम-झूम गावे
मन बउरइले फगुनवा में.
मन भइले रसिया फगुनवा में.

धाय बाहर जाये रे धाय भीतर आये
प्रेम पियासा मन चैन न पाये
भइया आ भउजी आ बहिना आ पहुना
सभे बउरइले फगुनवा में.
मन भइले रसिया फगुनवा में.

फगुनवा में हो फगुनवा में
मन भइले रसिया फगुनवा में.
- तरु श्रीवास्तव

कोई टिप्पणी नहीं:

एक टिप्पणी भेजें